मलिकाइन के पातीः किरिया पर जाई, माई-बाप मर जाई…

0
403
किरिया पर जाई, माई-बाप मर जाई...। मलिकाइन के पाती ढेर दिन पर आइल बा। पाती के शुरुआत अबकी एही लाइन से मलिकाइन कइले बाड़ी।
किरिया पर जाई, माई-बाप मर जाई...। मलिकाइन के पाती ढेर दिन पर आइल बा। पाती के शुरुआत अबकी एही लाइन से मलिकाइन कइले बाड़ी।

किरिया पर जाई, माई-बाप मर जाई…। मलिकाइन के पाती ढेर दिन पर आइल बा। पाती के शुरुआत अबकी एही लाइन से मलिकाइन कइले बाड़ी। बिहार में दारू ना पीये आ पीये-बेचे वाला के पकड़े खातिर पुलिस के जवान लोग से सरकार फेर किरिया खिअवलसि हा कि ऊ लोग जिनिगी में कबो दारू ना पी। मलिकाइन लिखले बाड़ीः

पांव लागीं मलिकार। हमरा माई के ईया बदमाशी कइला पर लइकन से एगो किरिया खिआवस- इकिरी, बिकिरी, सोना के टिकरी, किरिया पर जाई, माई-बाप मर जाई। ई अइसन किरिया रहे मलिकार कि लइका लोग के बदमाशी करे में बीस बेर सोचे के परे। एह से माई-बाप के मुअला के किरिया खइला के बाद फेर ऊ गलती कवनो जना ना करस, जवना खातिर किरिया खइले रहस लोग। ओही तरे बिहार में सुशासन बाबू के सरकार पुलिस वाला लोग से चौथी बेर किरिया खिअवलसि हा कि ऊ लोग कबो दारू ना पी आ ना कहीं बिकाए दी।

- Advertisement -

रउरा त ई मालूमे होई मलिकार कि पर साल (2019 में) गोपालगंज में कवनो पुलिस वाला धराइल रहे। ऊ दाऱू के धंधा करे। ओकरा घर से दारू पकड़ाइलो रहे। एही साल आरा शराब के धंधा करे वालन से साठगांठ राखे वाला भोजपुर जिला फोर्स के एगो जवान अजीत कुमार सिंह धराइल रहले। उनका के अब डिसमिस क दिहल गइल बा। अइसन कई गो केस सुने में आवत रहेला। रउरा त इहो मालूम होई कि थाना के हाजत में धइल शराब के बातल से शराब गायब हो गइल रहे। सुने में आइल कि मूस पी गइले सन। घोर कलजुग आ गइल बा मलिकार। अब बताईं कलजुग ना रहित त मूस कहियो दारू पीयते सन।

काल्ह आपन पड़ोसिया पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि कवनो बारात में उहां के गइल रहनी त गजबे तमाशा देखे के मिलल। बतावत रहुवीं कि अरकेस्टरा में दारू पी के लोग अइसन झूमत रहे कि बुझाव 2016 के पहिले वाला हाल हो गइल बा। तनिको डर-भय केहू में नइखे रह गइल। गांवागाईं चोरउआ दारू के दोकान खुल गइल बाड़ी सन। पइसा फेंकीं आ तमाशा देखीं। तनी बेसी दाम लागत बा, बाकिर घरे दारू के बोतल पहुंचा जा तारे सन। पांड़े बाबा त साफ कहत रहुवीं कि दारूबंदी खाली नौटंकी हो के रह गइल बा। पुलिस वाला देखावे खातिर तनी मनी पकड़त बाड़े सन आ बेसी के पइसा लेके छोड़ दे तारे सन।

काल्ह कवनो खबर पढ़ के पांड़े बाबा सुनावत रहुवीं कि 2016, 2018, 2019 आ एह साल, माने चौथी बेर पुलिस लोग से सरकार किरिया खिअवलसि हा। अबकी बेर 80 हजार जवान किरिया खइले बाड़े कि दारू ना पीयेब आ ना पीये देब। एह साल पुलिस 26.91 लीटर विलायती दारू पकड़ले बिया। 48 हजार 187 लोग दारू के धंधा करत पकड़ाइल बा। धरे-पकड़े के काम अउरी तेज करे खातिर पुलिस के फेर किरिया खिवाल गइल हा।

एही किरिया-कसम से हमरा माई के ईया के किरियवा इयाद पर गइल हा। माई-बाप के मुअला के किरिया खाये वाला लइका जब सेयान भइले सन त ओकनी के उहे गलती करे लगले सन। देखले सन कि माई-बाप त मुअते नइखे। ओकरा बाद किरिया के भैलू खतम हो गइल। जवन किरिया शुरू में डेरवावत रहे, ऊ अब ओकनी के फालतू के बतकही बुझाये लागल। अब त कोट-कचहरी में लोग गीता-कुरान छू के सांच बोले के किरिया खाता, बाकिर सरासरी झूठ बोल जाता।

जाये दीं, हमहू कवन पुरान लेके बइठ गइनी। हाल-चाल पूछला का जगहा किरिया पुरान सुनावे लगनी हां। ठंडी बढ़ गइल बा मलिकार। कई-कई दिन त सूरुज महराज के दर्शन नइखे होखत। हम त बोरसी सुनगा ली ले आ भर दिन जरत रहेला। काम-धंधा कइला के बाद हाथ-गोड़ सेंक लीले। रउरा आपन खेयाल राखेब।

राउरे, मलिकाइन

यह भी पढ़ेंः एम.एस. धोनी और डा. जेता सिंह जैसे लोग लौट रहे जड़ों की ओर(Opens in a new browser tab)

- Advertisement -