आनकर आंख में कीचर लउके, आपन ढेंढ़र केहू निहारे ना

0
245
किरिया पर जाई, माई-बाप मर जाई...। मलिकाइन के पाती ढेर दिन पर आइल बा। पाती के शुरुआत अबकी एही लाइन से मलिकाइन कइले बाड़ी।
किरिया पर जाई, माई-बाप मर जाई...। मलिकाइन के पाती ढेर दिन पर आइल बा। पाती के शुरुआत अबकी एही लाइन से मलिकाइन कइले बाड़ी।

आनकर आंख में कीचर लउके, आपन ढेंढ़र केहू निहारे ना। मलिकाइन के पाती अबकियो कहाउते से शुरू भइल बा। आनकर आंख में कीचर लउके, आपन ढेंढ़र केहू निहारे ना। बिहार में अपराध के हाल देख-सुन के उनकर माथा ठनकल बा। कहले बाड़ी कि लालू-रबड़ी के राज के सुसासन बाबू जंगल राज कह-कह के लोग के डेरववले आ गद्दी हथिया लिहले। अब जवन होता, उनका लउकते नइखे। एही के कहल जाला- दोसरा के आंख में कीचर सभका लउकेला, बाकिर केहू आपन त निहार के देखो। पढ़ीं, ऊ का लिखले बाड़ीः

पांव लागीं मलिकार। आज भोरे-भोरे मन एतना खराब हो गइल हा कि सुसासन बाबू पर बरल खींस नाक पर आ गइल हा। लगनी हां छींके त पांचे मिनट में माथा झनझना गइल हा। तनी भर हलुक भइल हा त सोचनी हां कि एकरा बारे में रउरो के बता दीं। काहें से कि रउरा त परदेस में रही ले। रउरा त ई कुल मालूम नाहिएं होत होई।

- Advertisement -

इहो पढ़ींः मलिकाइन के पाती- जस करनी, तस भोग ही पावा….

सबेरे पांड़े बाबा खबर कागज पढ़ के सुनावत रहनी हां। पहिलकी खबर रहल हा- जमुई में आक्सीजन ना मिलला से मरीज के तड़पत-तड़पत जान चल गइल। दूसरका- छपरा में छह साल के बच्चा के गरदन रेत के मुआ दिहल गइल। तीसरा- सहरसा में इंजीनियरी पढ़े वाला लड़िका के जहर देके मुआ दिहल गइल। चौथा- जेल से जान छूटल, बाकिर बाहर अइला पर एक आदमी के गोली से छलनी क दिहल गइल। पांचवां- नवगछिया में किसान के गोली मार के जान ले लिहल गइल। पटना के बाढ़ में हथियार देखा के पेटरउल पंप के करमचारी से पौने नौ लाख लूट लिहल गइल। बक्सर में कवनो चिटफंडिया कंपनी तीन हजार लोग से सवा करोड़ रुपिया ठग के भाग गइल। ई कुल एक दिन के एक पन्ना पर छपल खबर उहां के खोज-खोज के पढ़त-सुनावत रहनी हां।

इहो पढ़ींः मलिकाइन के पातीः ना रही बांस, ना बाजी बंसुरी

अब रउरे बताईं मलिकार कि एही के सुसासन कहल जाला। ई त छोट-छोट कांड भइल बाड़ी सन। एकरा पहिले त अइसन-अइसन कांड सुने में आवत रहल हा मलिकार कि सुनिए के माथा झुक जात रहल हा। मुजफ्फरपुर में लड़िकिन के संगे जवन भइल, ऊ त सुसासन बाबू के नाक कटवा दिहलस। बाद में अइसनका अउरी कांड सामने अइली सन। उनका त चिरुआ भर पानी में डूब के मर जाये के चाहीं। भागलपुर में कवनो सिरजन कांड भइल रहे, ओकर त अब कहीं नामे नइखे सुनात। पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि ओइमें बड़का-बड़का नेता-हाकिम लोग के नाम आइल रहे। एही से ममिला दबा दिहल गइल।

इहो पढ़ींः मलिकाइन के पाती- घर के लात नीमन, बाहर के सतावल बाउर

सुसासन बाबू एही में मस्त बाड़े कि दारू बंद क दिहनी। मुंह बिचका-बिचका आ आंख नचा-नचा के बोले ले- जबले हम एह कुरसी पर रहेब, तब ले जान भले दे देब, दारू ना बेचे देब। एने उफरपरना दारू बेचे वाला लुका-छिपा के घरे-घरे दारू पहुंचावे लागल बाड़े सन। काल्ह ले जवना के खाये के ठीक ना रहे, ऊ दारू बेच के कलिया-मछरी उड़ावत बाड़े सन। कई गो के त कोठी बन गइल। केतने जमीन कीन लिहले सन। सुसासन बाबू अइंठत रहस चारा अइसन आ ई दारू बेचवा मछरी अइसन उनका लील जइहें सन।

इहो पढ़ींः ई कोरना भायरस कवन बेमारी ह मलिकार, मचवले बा हाहाकार

सरकारी काम में चोरकटई त एतना बढ़ गइल बा मलिकार कि मत पूछीं। गांव में पैखाना बनवावे के फारम भरवा के ले गइले सन। अपना घरे त पहिलहीं से रहे, तबो कहले सन कि एकर पइसा मिल जाई। आज ले पइसा ना मिलल। कहेला लोग सुसान बाबू के राज में पैखाना में भी घोटाला भइल रहे, बाकिर फेर ओकर नाम-जिकिर कबो ना आइल।
चोर के चोर कहल ठीक लागेला, बाकिर ओकर कहल ठीक लागेला, जेकरा पर कवनो दाग ना होखे। सुसासन बाबू लालू-रबड़ी के राज के जंगल राज कह-कह के अघा जाले, बाकिर अपना राज के हाल उनका नइखे लउकत। घरे-घरे पनसोखा बनवावत फिरतारे। गाछ रोपवावत फिरतारे। बुझाता कि अब ऊ गान्हीं बाबा बन जइहें। कबो दहेज रोकवावत बाड़े त कबो लरिकाईं में बियाह रोके के अभियान चलावत बाड़े। उनका ई नइखे बुझात कि एकर कानून त पहिलहीं से बनल बा। कानून से बदमासी रुके वाला रहित त अब ले राम राज आ जाइत।

इहो पढ़ींः दू आंख से सरकार ना चलेले ए सुशासन बाबू!

खीस-पीत में कुछ टेढ़ लिखा गइल होखे त माफ करेब मलिकार। रउरा त जनबे करीले कि हम सोझबक हईं। सोझ सोचीले आ सोझ बोले के आदत ह। केहू के नीमन लागो भा बाउर। बाकिर ई सांच बात बा कि लोग एतना उबिया गइल बा कि कब उनका से आंख फेर लेव लोग, कहल मुसकिल बा। ऊ बूझत बाड़े कि बाकी लोग बुरबक बा आ उहे चालाक बाड़े त ई ना चली। जाये दीं, बाकी अगिला पाती में।
राउरे, मलिकाइन

इहो पढ़ींः मलिकाइन के पातीः जेतना के बबुआ ना, ओतना के झुझुना

- Advertisement -