हमरा त रह-रह के इहे बुझाता, केहू से केहू के निबही ना नाता

0
276
किरिया पर जाई, माई-बाप मर जाई...। मलिकाइन के पाती ढेर दिन पर आइल बा। पाती के शुरुआत अबकी एही लाइन से मलिकाइन कइले बाड़ी।
किरिया पर जाई, माई-बाप मर जाई...। मलिकाइन के पाती ढेर दिन पर आइल बा। पाती के शुरुआत अबकी एही लाइन से मलिकाइन कइले बाड़ी।

हमरा त रह-रह के इहे बुझाता, केहू से केहू के निबही ना नाता। मलिकाइन के पाती आइल बा। आजो ऊ अपना पाती के शुरुआत एगो कविता से कइले बाड़ी। कोरोना के घनचक्कर अइसन बढ़ल जाता कि उनकर बात हमरो नीके लागता। ऊ आपन चिंता एह पाती में जाहिर कइले बाड़ी। पढ़ीं सभे, ऊ का लिखले बाड़ीः

पांव लागीं मलिकार। रउरा ई बात ना जानत होखेब। जोलहन टोला के जबार मियां के बड़का बेटवा रफीकवा साल भर पर अरब से घरे आइल बा। आवे के खबर ऊ फोन पर दिहले रहे। जहिया खबर मिलल, ओकर जनाना आ लड़िका ई जान के एतना खुश भइले सन कि अब्बू घरे आवतारे। सर्फुदिनवा त भागल हमरा लगे आइल आ खुश होके बतवलस- ए दादी, अब्बू काल्ह अइहें। ई बतावत में ओकर चेहरा हम देखनी त बुझाइल कि कवनो कारू के खजाना ओकरा मिले वाला बा। हमहूं मजाके में पूछ दिहनी- हमरा खातिर कुछ लिअइहें कि ना। ऊ कहलस- दादी, ना लिअइहें त हम अम्मी से कह के तोहरा खातिर एगो एगो नीमन साड़ी कीनवा देब। उहो ना कीनिहें त उनका पेटी में से चोरा के दे जायेब।

- Advertisement -

ऊ एतना नीमन लड़िका ह मलिकार कि का कहीं। कबो बाजार-हाट से कुछ मंगावे के रहेला त ओकरा के काम अर्हा दीले आ ऊ साइकिल से भागल जाला आ तुरंते लिया देला। हमहूं कुछ नीमन-बाउर बनाई ले त ओकरा के दीले। भर दिन त ऊ हमरे टहल बजावे में रहेला। घर से ढेर देर बाहर रह जाला त ओकर दादा खोजे खातिर सीधे हमरे लगे आवे ले।

इहो पढ़ींः खेलेब, ना खेलायेब, खेलवे भांड़ देब…………………

असली कहानी अब सुनीं मलिकार। बेचारा घरे त आ गइल, बाकिर गांव के मुखिया जी कहनीं कि अबहीं गांव के इसकूल में रहे के परी। जबले कोरना (कोरोना के मलिकाइन कोरना कहे ली) के जांच ना हो जाई, गांव-घर में नइखे ढूके के। केहू भेंटो करे ना जाई। बेचारी ओकर जनाना, माई आ लड़िका छपटा के रह गइले सन। आज सुने में आइल हा कि ओकरा के जांच खातिर लोग पटना ले जाये वाला बा। ओकरा के ले जाये खातिर कवनो गाड़ियों-छकड़ा केहू देबे के तेयार नइखे। मुखिया जी गइल बाड़े बकेहू के लौक में। हाकिम लोग ओकरा के जांच खातिर गाड़ी के इंतजाम करी। देखीं सांझ ले का होता।

इहो पढ़ींः मलिकाइन के पाती- जस करनी, तस भोग ही पावा….

लोग बतावता मलिकार कि ई छुआछूत के बेमारी ह। जे जरी जाई, ओकरो हो जाई। अइसने कवनो आदमी मुंगेर में आइल रहल हा। बेमार पड़ल आ इलाज करावत मरियो गइल। मरे के पहिले कवनो नतिया डागदर ना बतवले सन कि ओकरा कोरना भइल बा। मर गइल तब डागदर बतवले सन कि ओकरा कोरना भइल रहल हा। अब सुने में आवता कि ओकरा मेहरारू आ बेटी के भी कोरना हो गइल बा।

इहो पढ़ींः मलिकाइन पाती में लिखले बाड़ी- बांझ का जाने परसौती के पीड़ा

सुने में त इहो आइल बा मलिकार कि विलायत के कवनो राज कुमारो के ई बेमारी ध लिहले बा। कई गो सिनेमा के हीरोइन, दोसरा देश के एगो परधानमंतरी के कोरना धइले बा। कवनो एगो गवइया मेहरारू अपना इहां आके बायन बांट गइल बिया एह बेमारी के। सुने में आवता कि सटलs त गइलs। लोग एतना डेराइल बा कि घर से केहू नइखे निकलत। हमरा ओह कवि के कवित्त इयाद परत बा मलिकार, जवन हम इस्कूल में सुनले रहनी- हमरा त रह-रह के इहे बुझाता, केहू के केहू से निबही ना नाता।

इहो पढ़ींः मलिकाइन के पाती- भय बिन होहि न प्रीति…

ए मलिकार, हमरा के रउरा जनबे करीले कि हम लिख लोझडा पढ़ पत्थर हईं, बाकिर दिमाग दउरावल करीले। एगो बात रउरा से पूछत बानी। चीन के एगो शहर में ई बेमारी उपराइल। ओइजा एतना तबाही ना मचवलस। सुने में आवा कि ओइजा कंटरउल हो गइल। बाकिर दोसरा देस में ई तेल के तरह पसरल कैसे जाता। इहो सुने में आवता कि कवनो एगो देश 43 करोड़ 20 लाख के सामान चीन से कीनले बा एह बेमारी के रोके कातिर (मलिकाइन 432 मिलियन यूरो के चीन से खरीदल इक्विपमेंट के बात कइले बाड़ी)। हमरा त बुझाता मलिकार, ई कवनो हवा उड़ा दिहल बा, दवाई बेचे खातिर भा ई बेमारी जान-बूझ के चीनिया फइलवले बाड़े सन आपना दवाई-औजार बेचे खातिर। असन कइले होई लोग त ऊपर परी लोग।

इहो पढ़ींः मलिकाइन के पाती- बेशवा रूसल त घरवो बांचल

पांड़े बाबा के दुआर पर पहिले खबर कागज पढ़े खातिर खूबे लोग जुच रहल हा। अब त केहू लउकते नइखे। पांड़े बाबा खबर कागज बोल-बोल के पढ़ीले। हम दोगहा में बइठल रोज सुनी ले। एही से हमरा सगरी खबरिया मालूम होत रहेला। उहां के पढ़त रहवीं कि बूढ़ लोग पर ई बेमारी आफत बन के आइल बा। ईज त इहो बतावत रहनी हां कि कहीं कवनो पैंतीस बरिस के जवान के ई कोरना लील गइल। आपन धेयान राखेब।

राउरे, मलिकाइन

इहो पढ़ींः मलिकाइन पूछले बाड़ी- ई अनारसी का होला मलिकार !

- Advertisement -